‘केहू हमसे जीत ना पाई’ 27 अक्टूबर के रिलीज होखी
-

देश के खुफिया तंत्र पर बनल पहिलका भोजपुरी फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ के प्रदर्शन 27 अक्टूबर से उत्तर प्रदेश में लगभग 50 प्रिंट का साथे होखे जा रहल बा. एह देशभक्ति वाला फिल्म में एक साथ बारह गो स्टार नजर अइहन.

डाक्टर विजाहत करीम आ डा॰ सुरोहिता करीम के बनावल एह फिलिम के निर्देशन एम.आई. राज के बा. एह फिल्म में पारम्परिक लोकगीत आ लीक से हटियो के बनल गाना सुने के मिली. गोरखपुर के नयाभिराम लोकेशनन पर फिल्मावल एह फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन जहां देश खातिर जान के बाजी लगा देबे वाला सैनिक अधिकारी के भूमिका में बाड़े ओहिजे रिंकू घोष अपना हॉट लुक से सभके हाय हाय करा दीहें. सुशील सिंह एगो फारेस्ट आफिसर के भूमिका में मौत बांटे वालन से बदला लेत नज़र अइहें त मनोज टाईगर, राजीव दिनकर आ मोहित घई के टीम रउरा के हँसा हँसा के लोटपोट करा दीहें. शाहबाज खान आ अयाज खान खलनायक का भूमिला में सस्पेंस बनइहें.

कहानी एस.के. चौहान के लिखल, संगीत आर.सी. ठाकुर के आ गीत नफीस आलम, एस.के. चौहान, फणिन्द्र राव, संतोष पुरी, श्याम देहाती अउर रुस्तम घायल के लिखल बा. संगीत सतीश अजय, राम प्रवेश अउर अमरेश झा के बा. फिल्म के कैमरा में क़ैद कइले बाड़े आकाश दीप. जबरदस्त एक्शन राम शेट्टी के बा आ कार्यकारी निर्माता हउवें सुनील सिंह.


( स्रोत : शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts