धूमधाम से भइल “जो जीता वही सिकंदर” के मूर्हूत

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आ ए.एस पिक्चर्स के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम “जो जीता वही सिंकदर” के शानदार मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के मड आईलैंड में भइल. एह मौका प भोजपुरी सुपर स्टार आ फिलिम के नायक खेसारीलाल यादव, डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आ आनंद मोहन पर फिलिम ला एगो डास फिलिमा के मूर्हूत कइल गइल.

एह गाना खातिर भसीन नेस्ट बंगलों में भव्य सेट लगावल गइल रहे. हालिया रिलीज फिलिम “बेताब” एह फिलिम के निर्देशक अजय कुमार झा के बढ़िया आ टॉप निर्देशकन में शामिल करा दिहले बिया.

“जो जीता वही सिकंदर” के निर्माता अनुज कुमार, लेखक अरविन्द तिवारी, गीतकार आजाद सिंहा, अरविन्द तिवारी अउर विकास पांडे, संगीतकार अविनाश झा घुघरू, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, मारधाड़ निर्देशक हीरालाल यादव, कैमरामैन नीतू इकबाल आ कार्यकारी निर्माता महेश उपाध्याय हउवें.

मुख्य कलाकारन में नायक सुपर स्टार खेसारी लाल यादव का संगे प्रियंका पंडित, पूनम दूबे, प्रिया शर्मा, आनंद मोहन, अनुप अरोड़ा, संजू सोलंकी, अभय राय, अकबाल राजभर, योगांत पांडे, बबलू खान, प्रेम दूबे, रमेश दूबे, शिवा पंडित, हीरा लाल यादव आ उमेश सिंह शामिल बाड़ें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिंहा )

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।