किरणकांत वर्मा अउर आदित्य मोहन का बीचे घमासान
-

AadityaMohanएस.एस फ़िल्म फैक्ट्री के बैनर में बनत आ संजीव भोरपी निर्देशित फिलिम “विजयपथ” के शूटिंग मे फाइट मास्टर दिलीप यादव के निर्देशन मे बढ़िया मार लड़ाई क के यूनिट के जीतला क बाद मिस्टर बिहार आदित्य मोहन अब “हमार देवदास” फेम निर्देशक किरणकांत वर्मा के निर्देशन में अक्षत अहन फ़िल्म के बैनर तले बनत फिलिम “घमासान” करत बाड़ें.

आदित्य मोहन माँ कला शारदा जगत के बैनर में बनत उमर खान निर्देशित फ़िलिम “सजना पे दिल आ गइल” में एगो सिधवा प्रेमी के भूमिका मे नजर आवे वाला बाड़ें, हाल ही में एह फिलिम के आधा शूटिंग गोरखपुर में पुरा भइल बा. अपना निर्दैशक उमर खान के तारीफ करत आदित्य कहलन कि उ सीन का हिसाब से बढ़िया फिल्मांकन करेलें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts