"धड़केला तोहरे नावे करेजवा" के पहिला लुक

“धड़केला तोहरे नावे करेजवा” के पहिला लुक जारी हो गइल. बिहार के मशहुर वितरक डा॰ सुनील एह फिल्म के बिहार में रिलीज करीहें.
(8 Sept 12)
धड़केला तोहरे नाँवे करेजवा का सेट पर होली मनइहे सितारा
आदि शक्ति इण्टरटेनमेंट के फिल्म ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ के सेट पर गुजरात में अबकी बेर एह फिल्म से जुड़ल सितारा आपन होली मनइहें.

फिल्म के नायक विजय वर्मा, नायिका रानी चटर्जी, नम्बर वन खलनायक संजय पांडे, अयाज खान अउड़ डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के ई होली गुजरात के राजपिपला में मनावल जाई आ फिलिम का सेटे पर. एकरा खातिर निर्देशक दिनेश यादव खास इंतज़ाम करवले बाड़न. होली का दिने भाँग खाये के शौकीन संजय पांडे खातिर भांग के इंतज़ाम एह शर्त पर होखी कि ऊ बेसी भाँग ना लीहें. होली पर होरी के इंतजामो बा भोजपुरिया गीत संगीत का साथे.

चर्चित निर्देशक राजकुमार पाण्डे के एसोसिएट रह चुकल निर्देशक दिनेश यादव अबही ले एक दर्जन से बेसी सफल भोजपुरी फिलिमन में आपन योगदान दे चुकल बाड़न. फिल्म के निर्माण सुपर गोल्ड आडियो एण्ड सिनेविजन प्रा. लि. करत बिया. पत्रकारिता से फिल्म निर्देशन में आइल दिनेश यादव एह मौका पर निर्देशक राजकुमार पाण्डे के राजपिपला आवे के बोलावा भेजले बाड़न.


(शशिकांत सिंह के रपट से)(8 Mar 12)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।