विनय आनंद अउर सुदीप पांडे क ‘खूनी दंगल’
-

विनय आनन्द अभिनीत फिलिम खूनी दंगल खातिर खास तौर से एगो प्रोमोशनल गाना के शूटिंग करावल जात बा जवन भोजपुरी सिनेमा खातिर एगो नया बात बा.
(8 Sept 12)
भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद आ सुदीप पांडे क जोरदार मारधाड़ से सजल रोमांटिक एक्शन भोजपुरी फिल्म ‘खूनी दंगल’ के निर्माण सुहानी सुहाना फिल्म्स के बैनर संजय कुमार करत बाड़ें आ प्रस्तुत करत बाड़े कुमार दिवाकर. निर्देशक हउवें जानल मानल निर्देशक श्रीधर शेट्टी. गीतकार राकेश निराला, संगीतकार राकेश त्रिवेदी, कथा लेखक सबा मुस्तफा, पटकथा लेखक सबा मुस्तफा अउर मोहम्मद रफी खान, संवाद लेखक मोहम्मद रफी खान, मारधाड़ निर्देशक हीमल, नृत्य निर्देशक केदार सुब्बा, कैमरा मैन श्रीनिवास आर.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में विनय आनंद, सुदीप पांडे, अपूर्वा सिंह, दिव्या श्री, गोपाल राय, उदय श्रीवास्तव, जफर खान, दीपक आनंद, रोहित सिंह मटरू, मोहम्मद रफी खान, संजय कुमार, पुरुषोत्तम ओझा, निरुपमा जी, अर्जुन खोदकर अउर कयूम रजा के नाम बा.

एह फिल्म में पहिला बेर विनय आनंद एगो गाना गवले बाड़े. बाकी गायकन में उदित नारायण, कल्पना, विनोद राठौड़, इंदू सोनाली, अउर ममता राउत शामिल बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts