नमो के आवे से कांग्रेस जदयू आ राजद हिलेला

पटना 23 अक्टूबर (वार्ता).भाजपा.का ओर से प्रधानमंत्री पद के उमीदवार घोषित भइला का बाद नरेन्द्र मोदी के पहिला बेर बिहार आवे का तइयारी में पार्टी लुभावन गीतन के अनेके सीडी तइयार करवले बिया.

भाजपा कला अउर संस्कृति मंच के प्रदेश महामंत्री वरुण कुमार सिंह बतवले कि 27 अक्टूबर का दिने पटना के ऐतिहासिक गांधी मैदान मे पार्टी का ओर से बोलावल हुंकार रैली मे लोग के नेवते ला लोकगीतन के अनेके सीडी बनवावल गइल बा. एह सीडियन के राज्य भर में लोग के सुनवावल जात बा.

एह गीतन के अमर आनंद, खुशबू उत्तम आ आलोक कुमार आपन आवाज दिहले बाड़े आ संगीत से सजवले बाड़न रंजन बाबला. एह गीतन के मुखड़ा बा “हुंकार रैली मे आना है. घर..घर मे कमल खिलाना है”, “भारतीय जनता पार्टी को देश मे लाना है”, “नमो को लाना है और देश से महंगाई..भ्रष्टाचार मिटाना है” वगैरह.

एही तरह भोजपुरी मे गावल गीतन के मुखड़ा बा “हुंकार रैली के हल्ला .विरोधियन के मरलक पल्ला”, “नरेन्द्र मोदी जी बाड़े हमार देशवा के शान. आजा..आजा किसान आजा गांधी मैदान”, “नमो..नमो नरेन्द्र मोदी. झूमे ला झूमे ला. पूरा बिहार झूमेला” आ “नरेन्द्र मोदी के आवे से सरकार हिलेला, कांग्रेस हिले, जदयू हिले, राजद हिलेला, नमो के आवे से सब विरोधियन हिलेला, बिहार झूलेला हो बिहार झूलेला, देख..देख दिल्ली के सरकार हिलेला”.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।