नहले पे दहला में होली के हुड़दंग

लोकप्रिय भोजपुरी टीवी चैनल “महुआ” पर प्रसारित हो रहल संगीत रियलिटी शो “नहले पे दहला” में शनिचर का दिन वाला एपिसोड में होली के हड़दंग देखे के मिले वाला बा. शुरुआत करीहें एंकर मनोज तिवारी “मृदुल” जे थीम का बारे में बतइहें. एपिसोड के खास मेहमान रहीहें रिंकू घोष आ उनुका आवते शुरु हो जाई परफारमेंस के दौर. आकाश के गाना रही “चोरी छिपे आ जइहऽ बजरिया, छुपा के पिचकरिया” जवना से खुश हो के धनंजय मिश्रा स्टेज पर आ जइहें आकाश के गुझिया खियावे खातिर. फेर आई लोग धारावाहिक “सजनवा बैरी हो गये हमार” के पूजा आ सम्राट. ई लोग लड़िकन के सपोर्ट करे आ ओह लोग का साथे होली मनावे आइल बा. कृतिका लाडो “होली आई रे कन्हाई” गइहें आ गोलू गाई “गोरिया कर के शृंगार, अंगना अबीरवा सजावा”. तब मनोज ओकरा के मालपुआ खिअइहे. तब आई लोग धारावाहिक “भाग ना बाचे कोई” के कलाकार अनुसुईया, वैशाली, बांके वरुण. वैशाली त मनोज तिवारी के उठा ली. इला खालिद के गाना रही “जा रे हट नटखट”. गाना से खुश रिंकू घोष इला के गुझिया खिअइहें आ दुनु धारावाहिकन के लड़कियिन का साथे इला के गाना पर परफार्म करीहें. वार्षिकेय के गाना रही “होली के दिन दिल मिल जाते हैं” जवना पर धारावाहिकन के कलाकार परफार्म करीहें. फेर आर्यनन्दिनी के गाना “जोगी जी धीरे धीरे” का बाद सभे स्टेज पर आ जाई आ होली के हुड़दंग मचाई.मनोज तिवारी के गावल फगुआ का साथे शनिचर वाला एपिसोड के समापन होखी.

“नहले पे दहला” के प्रसारण शुक आ शनिचर का दिने साँझ आठ बजे से होखेला.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

1 Comment

  1. manoj

    happy holi by manoj allanjoria firend

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।