"हँसी के तड़का" एहसान कुरेशी का संगे
-

महुआ टीवी के लाफ्टर शो “हँसी के तड़का” में शुक आ शनिचर के दिन होली के हुड़दंग का नामे बा. एह एपिसोडन में लाफ्टर चैम्पियन एहसान कुरैशी आपन तड़का मार के दर्शकन के हँसावे जा रहल बाड़न. शो के शुरुआत शुक का दिने उर्वशी चौधरी आ सुनील सावरा करीहें. फेर जज लोग सुनील पाल आ उपासना सिंह अइहें आ परफार्मेंस चालू हो जाई. पहिला परफारमेंस शाहरुख के होखी जे बतइहें कि गाँव में चुनाव कइसे करावल जाला. बुल्लू राम रावण युद्ध के आँखिन देखल हाल सुनइहें त हर्षिका एगो मेहरारू के कहानी सुनाई जवना के पति हेरा गइल बाड़े आ ऊ थाना में रपट करावे आइल बिया. नीतेश का एक्ट में खली के चर्चा रही त पीयुष अपना पत्नी से परेशान पती के दुखड़ा सुनइहे. अरविंद अइसन दुल्हा बन के अइहे जेकर बियाहे नइखे हो पावत. सोनू नाना पाटेकर बन के अइहें जे देखइहें कि करोड़पति के होस्ट कइसे करीहें. शनिचर के एपिसोड में परफारमेंस आफ द डे वाला पुरस्कार सोनू के दिहला के बाद एहसान आपन कमाल देखइहें आ दर्शकन के हँसावत हँसावत विदा लीहें.

“हँसी के तड़का” शो के प्रसारण महुआ टीवी पर शुक आ शनिचर का दिने रात नौ बजे से होखल करेला.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts