निर्देशक पराग पाटिल बुलंदी पर बाड़न

ParagPatilचेन्नई आ बिहार मे हालिया प्रदर्शित भइल एक्शन किंग विराज भट्ट अउर हॉट केक अंजना सिंह अभिनीत फ़िलिम ‘गरदा’ के सफलता का बाद अब महिला प्रधान ‘बहुरानी’ फ़िलिम से पराग पाटिल निर्देशन के क्षेत्र मे बुलंदी छूअत बाड़न. पराग पाटिल एक एक गो हिन्दी आ मराठी फ़िलिमन का साथ ही जल्दिए एगो भोजपुरीओ फिलिम के शूटिंग शुरु करे जात बाड़न. पराग पाटिल निर्देशित हर फिलिम में नायिका कवनो ना कवनो स्टार अभिनेत्री रहल बाड़ी.

अंजना सिंह के केन्द्रीय भूमिका वाली फिलिम ‘बहुरानी’ के शूटिंग के पहिला शेड्यूल उत्तर प्रदेश के जौनपुर जिला में हाल ही में पूरा भइल ह. एकर निर्माता शिव प्रकाश सरोज आ लेखक अउर निर्देशक पराग पाटिल हउवन.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..