रिंकू घोष के न्यूजमेकर एचिवर्स अवार्ड
-

achieversराम जेठमलानी, एलिक पद्मशी, रामदास आठवले आ प्रेम शुक्लो सम्मानित भइलें.
भोजपुरी सिनेमा जगत आ टेलीविजन के जानल मानल नाम रिंकू घोष के पिछला दिने भारत के तमाम महान विभूतियन का साथे सम्मानित कइल गइल. मौका रहल मुंबई के पांच सितारा होटल ट्राइडेंट में आयोजित ‘न्यूजमेकर अचिवर्स अवार्ड २०१४’.

एह समारोह में सवश्रेष्ठ हिन्दी संपादक के अवार्ड हिन्दी समाचार पत्र ‘सामना’ के संपादक प्रेम शुक्ला के आ भोजपुरी सिनेमा जगत में उल्लेखनीय काम कइला ला भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन अभिनेत्री रिंकू घोष के न्यूजमेकर अचिवर्स अवार्ड दिहल गइल. ई अवार्ड लीक से अलगा हट के समाज में कुछ जाने जोग काम करे वालन के दिहल जाला.

एकरा अलावे विज्ञापन फिल्म निर्माता एलिक पद्मशी के विज्ञापन का क्षेत्र में, मशहूर अधिवक्ता राम जेठमलानी के कानून आ राजनीति में, सिनेमा जगत में जाने जोग काम करे ला सरोज खान के आ पत्रकारिता में बढ़िया काम करे ला बलिराम गायकवाड के उनका जाने जोग काम कइला ला लाईफटाईम अचीवमेंट अवार्ड दिहल गइल.

एह मौका प बंगलोर के एम. लक्ष्मी नारायणन के बेस्ट आईएएस अवार्ड, नेता रामदास आठवले के चर्चित दलित नेता अवार्ड, मशहूर समाजसेविका लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के, टीवी पत्रकार विकास श्रीवास्तव के, अउर कामेडियन सुरेश मेननो के सम्मानित कइल गइल.

भारत के तमाम दिग्गज विभूतियन का बीच भोजपुरी सिनेमा जगत में उल्लेखनीय योगदान ला सम्मानित भइला का बाद रिंकू घोष बहुते खुश नजर अइली. कहली कि एह अवार्ड से उनका पर अउरी बेहतर काम करे के जिम्मेदारी बढ़ गइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts