निर्माता नागेश पुजारी के फिल्म के मुहूर्त भइल

मनीषा फिल्म्स् के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘प्रोडक्शन नं. 1‘ के मुहुर्त पिछला दिने धूम-धाम से मुंबई के मालाड़ मड आयलैंड के साईं बागान में धूमधाम आ परम्परागत तरीका से भइल. क्लैप निर्देशक असलम शेख दिहलें. आ पहिला सीन अभिनेता मनोज पाण्डेय, मोना राय आ मेघा खान पर फिल्मावल गइल.

एह मौका पर निर्माता नागेश पुजारी के बधाई देबे आइल लोगन में निर्देशक राज कुमार आर. पाण्डेय, असलम शेख, हरिष जायसवाल, कोरियोग्राफर रिक्की गुप्ता, बंटी, संतोष, सावन, दीपक दुबे, वगैरह रहलें.

फिल्म में दस गो गाना डालल बा जवना के रिकार्डिंग हो चुकल बा. निर्माता नागेश पुजारी बतवलें कि फिल्म पूरा तरह से एक्शन कॉमेडी से भरपूर मनोरंजन प्रधान फिल्म होखी. एकर शूटिंग मुम्बई आ गुजरात के लोकेशनन पर जून से कइल जाई.

फिल्म के निर्देशक हामिद अली, लेखक: राकेश त्रिपाठी, गीतकार विनय बिहारी आ फणींदर राव, संगीतकार मधुकर आनंद, नृत्य निर्देशक रिक्की गुप्ता हउवें.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।