नृत्य निर्देशन से निर्देशक बन गइले पप्पू खन्ना


बालीवुड सिनेमा के अनगिनत फिल्मन के नृत्य निर्देशन कर चुकल पप्पू खन्ना अब निर्देशक के पारी खेले जा रहल बाड़न. भोजपुरी सिनेमा के सबले बड़हन निर्माता अभय सिन्हा के बनावल भोजपुरी फिल्म ” तू जान हऊ हमार” के निर्देशन से पप्पू खन्ना अपना निर्देशक बने के शुरुआत करे जा रहल बाड़न. एह फिल्म के मुख्य भूमिका में भोजपुरिया महानायक कुणाल सिहं, सुपर स्टार पवन सिंह, मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, सीमा सिंह, आनन्द मोहन, उपासना सिंह वगैरह बाड़े. फिल्म में संभावना सेठ के एगो फड़कदार आयटमो डांस बा जवन दर्शकन के झूमे पर मजबूर कर दी. फिल्म एही २५ फरवरी के रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।