भविष्य के सुपर स्टार बने जा रहल बाड़न छोटू छलिया


भोजपुरी सिनेमा में लोक गायक अभिनेता हमेशा से सुपर स्टार बनत आइल बाड़न. जइसे कि मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव निरहुआ, आ पवन सिंह. अब एगो अउरी लोकगायक के नाम एह सूची में सुर स्टार का तरह जुड़े जा रहल बा, छोटू छलिया के. छोटू छलिया के आवे वाली फिल्म ” हो बा जवानी अब जियान ए राजा जी” के फर्स्ट लुक जेही देखल सभे कहल कि छोटू छलिया के सुपर स्टार बने से केहू ना रोक पाई. छोटू छलिया के एगो गाना “हाय रे होठ लाली” एक जमाना से यूपी आ बिहार के भोजपुरी प्रेमियन का जुबान पर चढ़ल बा. जहें जाले छोटू छलिया तहें उनकर प्रशंसक उनुका के घेर लेलें आ फरमाइश होखे लागेला एक बेर फेर से “हाय रे होठ लाली” के. “होत बा जवानी अब जियान ए राजाजी” फिल्म में छोटू छलिया एगो लफंगा ड्राइवर के किरदार कइले बाड़न जवन सभकर मन मोह ली. छोटू छलिया के एगो अउरी फिल्म आवे जा रहल बिया ” आजा ओढ़निया तान के” जवना में ऊ एगो कालेजिया विद्यार्थी के किरदार कइले बाड़न. छोटू छलिया के कहना ह कि गवनई उनुका खातिर पैशन ह आ प्रशंसकन के प्यार एह पैशन के अउरी मजबूत बना देला.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

1 Comment

  1. HariramPatel

    छोटू छलिया वेरी नाइस गायक मुझे उनकी आवाज अच्छी लगती हे आई लव यू छोटू छलिया धूम मचा दो दुनिया पे

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..