पंकज केसरी के सम्मानित कइल गइल

भोजपुरिया सिनेमा के हरफनमौला खिलाड़ी पंकज केसरी कें पिछला दिने बलिया के गड़हा महोत्सव में लालू प्रसाद यादव आ मैजिक टीवी के अशोक गुप्ता का मौजूदगी में भोजपुरी सृजन सम्मान से सम्मानित कइल गइल. पिछला साल पंकज केसरी के अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के कार्यक्रम में भोजपुरी फिल्म रत्न से सम्मानित कइल गइल रहे.

Pankaj Kesri with Lalu Prasad on stage of Garha Mahotsava

बिहार के रहे वाला पंकज केसरी के साल २००७ में चम्पक जैन अपना फिल्म माई के बिटुवा में मौका दिहले रहलें. ओकरा बाद हमार घरवाली, बकलोल दुल्हा, विधाता, रंग दे बसंती चोला, प्रतिज्ञा, वाह खिलाड़ी वाह, शहरवाली जान मारेली वगैरह फिल्मन में अपना अदाकारी के जौहर देखलवलन. उनकर आवे वाली फिल्मन में तेजाब, मोर बलमा, छैल छबीला, नथुनिया पर गोली मारे, जुदाई, त्रिनेत्र वगैरह बाड़ी सँ.


(स्रोत : खालिद)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।