Ram Lalla owns Ramjanm Bhoomi

by | Oct 1, 2010 | 0 comments

Lucknow bench of Allahabad High Court has said in its judgement delivered on 30th Sept that Ram Lalla will remain at his present place and the disputed land belongs to Ramjanm Bhumi. It has also rejected the claim of Sunni Waqf Board on the disputed land. But in its direction the court has advised that the land should be trifurcated and one piece each should go to Ram Lalla, Nirmohi Akhada, and Sunni Waqf Board.
Sunni Waqf Board and Hindu Mahasabha have decided to appeal against the verdict in Supreme Court.

इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ बेंच ३० सितम्बर के अयोध्या विवाद पर आपन फैसला देत कहले बा कि अयोध्या का विवादित जगहा पर रामजन्मभूमि बा आ रामलला ओहिजे विराजमान रहीहें. इहो कहलस कि ओह जगहा पर पहिले कवनो हिन्दू धार्मिक भवन रहुवे जहवाँ बाबर मस्जिद बनवले रहुवे. अदालत इहो निर्देश दिहले बा कि ओह जगहा के तीन बखरा कर के रामलला वाला जगह रामलला के, सीता रसोई आ राम चबूतरा वाला जगहा निर्मोही अखाड़ा के, आ एक बखरा मस्जिद खातिर दे दिहल जाव.

अदालत के एह फैसला से सुन्नी वक्फ बोर्ड आ हिन्दू महासभा संतुष्ट नइखन आ ई दुनु पक्ष सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर करे के बात कहले बाड़न. यूपी के मुख्यमंत्री विवादित जगहा के सुरक्षा आ बाद में ओकरा के संबंधित पक्ष के सँउपे के सगरी जिम्मेदारी केन्द्र सरकार पर डाल दिहले बाड़ी आ इहो कहले बाड़ी कि अगर कवनो बवाल होखत बा त ओकर जिम्मेदारी केन्द्रे सरकार के होखी.

अदालत के फैसला के राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ, निर्मोही अखाड़ा, भाजपा, आ कांग्रेस स्वागत कइले बा. करीब करीब हर राजनीतिक दल आ संगठन एह मामिला पर शान्ति बनावे रखले के अपील कइले बाड़े. केन्द्र सरकार एह मामिला पर कैबिनेट के सुरक्षा समिति के बईठका का बाद अपील जारी कइलस कि लोग शान्ति बनवले राखे आ कवनो अफवाह पर कान मत देव.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up