पंचायत चुनाव के नामाकंन के सिलसिला शुरू भइल

बिहार के सैंतीस जिलन के साठ प्रखण्डन में पंचायत चुनाव खातिर नामांकन के सिलसिला आजु बियफे से शुरु हो गइल. पहिला चरण के मतदान २० अप्रेल के करावल जाई. नामांकन तीन मार्च तक, जाँच सात मार्च तक, आ नाम वापसी ९ मार्च तक हो सकेला. मुखिया, सरपंच, पंचायत समिति के सदस्य, आ गाँव कचहरी के सदस्य, आ जिला परिषद सदस्य के चुनाव होखे वाला बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।