छपरा विश्वविद्यालय के कुलपति पर विशेषाधिकार हनन के मामिला
-

मशहूर गायिका देवी का साथ अभद्र व्यवहार के मामिला जगजाहिर होखला का बाद आ विधानसभा में एह मसला के उठला का बाद जेपी विश्वविद्यालय छपरा के कुलपति दिनेश प्रसाद सिन्हा देवी के पिता के निलंबित कर दिहले बाड़, कुलपति के एह आचरण का खिलाफ अब उनुका पर विधानसभा में विशेषाधिकार हनन के मामिला चलावल जा सकेला. विधानपरिषद के सदस्य नीरज कुमार एकर नोटिस दिहले बाड़न जवना के सभापति ताराकांत झा का लगे भेज दिहल गइल बा. भाजपा के अमरेन्द्र प्रताप सिंह आ राजद के राघवेन्द्र प्रताप सिंह कुलपति के गिरफ्तार करे के मांग कइले बाड़े.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts