सरस्वती पूजा में शीला के जवानी पर नाचल अपसंस्कृति
-

काल्हु छपरा के मढ़ौरा में आयोजित इप्टा के कार्यक्रम संबोधित करत मारीशस के विद्वान डा॰ सरिता बुद्धू कहली कि सरस्वती पूजा के आयोजन में शीला के जवानी पर नाचे वाला नवही अपसंस्कृति फइलावत बाड़े आ एगो रंगकर्मी संस्थान होखला का नाते इप्टा के ई फर्ज बनेला कि ऊ एह अपसंस्कृति का खिलाफ पहल करे. उनुका एहूसे शिकायत रहे कि भोजपुरी में अंगरेजी के इस्तेमाल धड़ल्ले से हो रहल बा जवन रुके के चाहीं.

इप्टा के कार्यक्रम डा॰ सरिता बुद्धू के सम्मान खातिर आ भिखारी ठाकुर रंगमंच के उद्घाटन खातिर रहे. डा॰ सरिता बुद्धू विश्व भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के अंतर्राष्ट्रीय उपाध्यक्षा हई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts