सड़क दुर्घटना में सतीश विक्रम सिंह के निधन
-

बलिया के सुपरिचित चेहरा, मुरली छपरा प्रखण्ड के पूर्व ब्लाक प्रमुख, विक्रम गैस एजेंसी के संचालक, आ महात्मा गाँधी इन्टर कालेज दलन छपरा के प्रबन्धक सतीश विक्रम सिंह के काल्हु प्रतापगढ़ में एगो सड़क दुर्घटना में निधन हो गइल. ऊ अपना क्वालिस कार से इलाहाबाद से लखनऊ जात रहले जब मेवई रेलवे क्रासिंग का लगे उनुकर कार बगल के गड़हा में पलटि गइल. घवाहिल चालक मनोज सिंह आ सतीश विक्रम सिंह के उठा के लोग बगल के अस्पताल चहुँपवलसि जहाँ सतीश विक्रम सिंह के मौत हो गइल. सतीश विक्रम सिंह के पिता लाल विक्रम सिंह के सतरह साल पहिले उनुका गैस गोदाम का लगे गोली मार के हत्या कर दिहल गइल रहे.

सतीश विक्रम सिंह का परिवार में अब उनुकर बेटी विशाखा आ बेटा विशेष विक्रम सिंह बाड़े.

सतीश विक्रम सिंह कई खेल संगठनो से जुड़ल रहले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts