पचास रुपिया के झगड़ा में एक आदमी के जान ले लिहल गइल

बक्सर के बारी टोला में एगो किराना दुकानदार के मूड़ी पर बड़हन पत्थर गिरा के एक आदमी बस एहीला मार दिहलसि कि दुकानदार ओकरा से आपन बकाया पचास रुपिया मँगले रहुवे. मरे वाला दुकानदार जितेन्द्र जायसवाल वैशाली के रहले आ बरीसन से बक्सर में दुकानदारी करत रहलन. ओह दुकान से भोला बारी नाम के आदमी पचास रुपिया के सामान उधार ले आइल रहुवे. ओही पइसा के मँगला का चलते भोलाबारी आ दुकानदार के बेटा का बीच मारपीट हो गइल रहुवे. लोग तब झगड़ा सलटा दिहले रहुवे बाकिर केहु के अनेसा ना रहल कि महज पचास रुपिया ला दुकानदार के जान ले लिहल जाई.

घवाहिल दुकानदार के मौत वाराणसी जाए का रास्ता में हो गइल जहाँ ला ओकरा के बक्सर के एगो निजी अस्पताल से रेफर कइल गइल रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।