छात्र जदयू के नाम बदल के छात्र समागम धराइल

जदयू के छात्र संगठन छात्र जदयू के नाम काल्हु बदल के छात्र समागम कर दिहल गइल. अब एह समागम में छात्रे ना शिक्षक आ शिक्षकेतर कर्मचारियो शामिल हो सकीहें.कहे के मतलब कि शिक्षा से जुड़ल जदयू के लोग अब एह समागम में आ के आपन राजनीति चलाई. काल्हु एह समागम के सदस्यता अभियान के शुरूआत जदयू के बिहार प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह कइलन. एह मौका पर बोलत ऊ अपना समर्थकन के सलाह दिहलन कि फेसबुक आ ट्वीटर जइसन सोशल साइटन पर जदयू के नीति आ विचार के जतना प्रचार हो सके करे लोग.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..