पटना 29 अक्टूबर (वार्ता) पटना मे दु दिन पहिले भइल सीरियल बम विस्फोट का मामिला मे गिरफ्तार इम्तियाज अंसारी से पुलिस आज गहन पूछताछ करत बिया.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़े कि इम्तियाज के पूछताछ खातिर सात दिन के पुलिस रिमांड पर ललीहल गइल बा. ओकरा से अपर पुलिस महानिदेशक (रेल) पी.एन.राय समेत अउरियओ अधिकारी पूछताछ करत बाड़े.
बतावल जात बा कि पूछताछ में कुछ अहम सुराग हाथ लागल बा. एह सुरागन का आधार प पटना पुलिस कुछ विशेष टीम बनवले बिया जवन रांची समेत अनेके जगहा संदिग्धन के खोजे में लागल बाड़े.
पटना जंक्शन के बगल के शौचालय आ गांधी मैदान मे भइल धमाकन ला एकरा मास्टरमाइंड आ आतंकी संगठन इंडियन मुजाहिदीन के तहसीन उर्फ मोनू समेत छह लोग का खिलाफ एगो केस दर्ज भइल बा. तहसीन के नाम राष्ट्रीय जांच एजेसी मोस्ट वांटेड..सूची मे पहिले से शामिल बा.
आतंक के यूनिवर्सिटी के मास्टर आ आईएम के मास्टरमाइंड यासीन भटकल के गिरफतारी का बाद से संगठन मे नम्बर दू के ओहदा राखे वाला तहसीन पर एनआईए 10 लाख के ईनाम रखले बिया.
तहसीन बिहार मे समस्तीपुर जिले के कल्याणपुर थाना के मनियारपुर गांव के रहेवाला ह. विस्फोट का मामिला में गिरफ्तार एनुएल अंसारी उर्फ तारीक आ इम्तियाज अंसारी से मिलल जानकारी से साफ हो गइल बा कि तहसीने एह धमाकन के योजना बनवलसि आ विस्फोटक दिहलसि. तहसीने एह दुनु के रांची के कांटा टोली चौक वाला बस पड़ाव के लगे मिलल रहे आ विस्फोट के योजना तफसील से समुझवले रहे.
साल 2009 ।0 मे संगठन के बढ़ावे का क्रम में तहसीने दरभंगा के रहे दानिश समेत अनेके नवहियन से भटकल के मिलववले रहुवे. एह साल 21 जनवरी के जांच एजेसी दरभंगा जिला के चकजोहरा गांव में दानिश का घरे छापा मार के ओकरा के गिरफ्तार क लीहल रहले.
तहसीन के पहचान खातिर एजेंन्सी पिछला दिने ओकर फोटो जारी कइले रहुवे. ओकरा के पकड़े ला ओकरा गाँवे मनियारपुर में ओकरा घरे छापो मराइल रहे बाकिर हर बेर उ पुलिस के चकमा दे के निकल भागल.
जांच एजेसी के मोस्टवांटेड सूची मे बिहार के गया जिला के अमीर रेजा खानो के नाम शामिल बा. ओकरो पर दस लाख के इनाम रखाइल बा आ ओकरो फोटौ जारी भइल बा.
0 Comments