बिहार सरकार के खुफिया जानकारी दीयाइल रहे, कहलन शिंदे
-

गुडगांव . 29 अक्टूबर (वार्ता) केन्द्रीय गृह मंत्री सुशील कुमार शिंदे आज कहलन कि बिहार सरकार के रैलियन का दौरान आतंकवादी हमला के अनेसा से चेतावत खुफिया सूचना दीआइल रहे. वइसहूं कवनो रैली का बेरा राज्य पुलिस के अधिका सचेत रहे के चाहीं.

आपन पटना दौरा रद्द करे का बारे में शिंदे कहलन कि चूंकि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पटना से बाहर बाड़े एहसे ओहिजा ना जाए के फैसला कइलन.

शिंदे बतवलन कि हालात के जायजा लेबे अपना मंत्रालय के सचिव आ संयुक्त सचिव अउर नेशनल इन्वेस्टिगेशन एजेसी के महानिदेशक के पटना भेजले बाड़े जे दिल्ली लवटि के उनुका के आपन रपट दीहें.

ओने पटना में आजुओ जिंदा बम मिले के सिलसिला चालू रहल.

नगर पुलिस अधीक्षक जयंतकांत बतवले कि पुलिस नियंत्रण कक्ष के सामने गांधी मैदान मे प्लास्टिक के थैला मे बम मिलल बा जवना के खोजी कुत्तन का मदद से बरामद कइल गइल. बाद में ओकरा के बम निरोधक दस्ता निष्क्रिय क दिहलसि.

दोसर बम मगध महिला कॉलेज आ चिल्ड्रेन पार्क के बीच गांधी मैदान मे बरामद भइल एगो बम श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल के नियरा मिलल बा. एहू बमन के निष्क्रिय कइल जात बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts