परचा लीक करे का आरोप में चौदह जने गिरफ्तार

मुम्बई पुलिस पिछला महीना मुम्बई विश्वविद्यालय के दू गो इंजीनियरिंग परीक्षा के परचा लीक करे का आरोप में चौदह जने के गिरफ्तार कइले बिया आ ओह लोग के ८ जून ले पुलिस हिरासत में भेज दिहल गइल बा. एह लोगन में दू गो प्रोफेसर, चार गो चपरासी आ पांच गो छात्र शामिल बाड़े. एह लोगन का लगे से कंप्यूटर हार्ड डिस्क, परचा के नकल, मोबाइल आ नगदी बरामद भइल बा. विश्वविद्यालय परीक्षा समिति आठ जून के बइठका में तय करी कि परीक्षा फेर से करावल जाव कि ना.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।