साझा परीक्षा के पैरवी करत बाड़े कपिल सिब्बल
-

केन्द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री कपिल सिब्बल सगरी राज्यन से साझा इंजीनियरी प्रवेश परीक्षा अपनावे के निहोरा कइले बाड़न कहलन कि राज्य सरकार एह महीना का आखिर ले आपन राय दे सकेलें जेहसे आगे के कार्रवाई कइल जा सके. कहलन कि एह पद्धति से राज्य सरकारनो के संस्थानन में प्रतिभाशाली छात्र अइहें आ विद्यार्थियन के अनेके इम्तिहान दिहला से छूट्टी मिल जाई.

0 Comments

Recent Posts