पवन सिंह बनलन ‘कुली’

PawanSingh-Coolie
भोजपुरी फिलिमन के सुपरस्टार पवन सिंह अब कुली बन गइल बाड़न. अपना अगिला फिलिम ‘सईया जी दिलवा मांगेले’ में पडन सिंह कुली के भूमिका में नजर अइहें.

पवन सिंह के नायिका बाड़ी मोनालिसा. फिलिम में देखावल गइल बा कि कुली पवन कवना तरह अमीर बाप के बेटी मोनालिसा के आपन बनावत बाड़न. फिलिम में पवन सिंह के शानदार एक्शनो देखे के मिली.

फ्युचरविज एडवटाईजिंग प्रा०लि०, संदीप श्रीवास्तव फिलिमस् इन एसोशिएशन विथ मॉ केला फिलिमस् धीरेन्द्र चौबे प्रस्तुत, निर्माता संदीप श्रीवास्तव आ सुनील ओझा, निर्देशक राजकुमार आर० पाण्डेय, गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार राजेश गुप्ता, एक्शन दिलीप यादव, संपादक जीतेन्द्र सिंह जीतू.

फिलिम में पवन सिंह आ मोनालिसा का साथे आनंद मोहन, सीमा सिंह, आ ब्रजेश त्रिपाठी के प्रमुख भूमिका बा.

फिलिम आगिला महीना रिलीज होखी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।