भोजपुरी के सबले महंग नायिका हई पाखी हेगड़े
-

PakhiHegde
भोजपुरी फिलिमन के नं०-1 अदाकारा पाखी हेगड़े सबले मँहग नायिको बन गइल बाड़ी. उनकर हालिया महिला प्रधान फिलिम ‘देवरा भईल दीवाना’ आ ‘हंटरवाली’ के सफलता का बाद पाखी भोजपुरी निर्मातन के सबले पसंदीदा आ प्रिय अभिनेत्री बन गइल बाड़ी.

पाखी के ‘खून भरी माँग’ आ ‘शिवानी की ललकार’ महिला प्रधान फिलिम प्रदर्शन ला तइयार बाड़ी सँ. एह दुनू फिलिमन में जेही पाखी के लुक देखले बा उहे पाखी के सराहत थाकत नइखे.

पवन सिंह का साथे पाखी के ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ फिलिमो आवे वाली बा. एकरे अलावे पाखी का लगे अनेके ब्राडंस के एड आ स्टेज शोज के बोलहटो खूब आवत बा.

बेस्ट ऑफ लक पाखी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts