पहिला बेर होखे जा रहल बा भोजपुरी फिलिम के प्रीमियर जहानाबाद में

‘रंगबाज’ हैदर काजमी के रंगबाजी के जबाब नइखे. इनकर पहिलका भोजपुरी फिल्म रंगबाज के प्रीमियर मुंबई आ पटना का साथे-साथ नक्सल प्रभावित जहानोबाद में करवावल जाई जवना में भोजपुरी वर्ल्ड के तमाम बड़का सिनेमाई अउर राजनैतिक हस्ती शिरकत करीहे.

29 जुलाई के मुंबई अउर बिहार के एक सौ से बेसी सिनेमाघरन में रंगबाज के रिलीज कइल जाई. रंगबाज के प्रीमियर जहानाबाद में करवावे के सवाल पर हैदर काजमी के कहना बा कि ऊ खुदे जहानाबाद के हउवन आ चाहत बाड़न कि लोगन का नजर में जहानाबाद के तस्वीर बदले. जे लोग जहानाबाद के नामो से डेरात रहे ऊ सोचे आ एहिजा आ के देखे कि जहानाबाद वाकई में कतना खूबसूरत बा.

हाल का दिनन में भोजपुरी फिल्मन में सबले बेसी चरचा में आइल ‘रंगबाज’ के गाना ‘लच लचके तोहरी कमरिया, जोबना मारे उफान…’ पहिलही से बिहार में सुपर डुपर हिट हो चुकल बा. शिवराम यादव निर्देशित एह फिल्म के नायक हउवे ठेठ अंदाज के रंगबाज हैदर काजमी आ नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. फिल्म में कुल नौ गो गीत बा जवना में सीमा सिंह आ तसलीमा शेख पर फिल्मावल दू गो आयटम नंबरो शामिल बा. फिल्म के मुख्य कलाकार बाड़े -हैदर काजमी, रानी चटर्जी, सीमा सिंह, तस्नीमा शेख, माया यादव, बिपिन सिंह, सी.पी. भट्ट, नीलिमा सिंह, उमा शंकर मिश्रा, अमित मिश्रा, सोनिया मिश्रा, सुप्रिया गोयल, मास्टर समद, सैयद गुलरोज, बाल गोविंद, राम मिश्रा, फूल सिंह, ब्रिजेश त्रिपाठी, अनिल यादव आ विजयलाल यादव.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..