सीमा सिंह के ‘खून पसीना’
-

भोजपुरी के नंबर वन आयटम गर्ल सीमा सिंह के आयटम नंबर का तड़का अब निर्देशक रामाकांत प्रसाद के ‘खून पसीना’ फिल्मो में देखे के मिली. एह फिल्म में भोजपुरी वर्ल्ड के तमाम बड़का सितारा आपन जलवा देखावत नज़र अइहे. आयेंगे भी नज़र आयेगा। सीमा सिंह ने हाल ही में इस फिल्म मंे आयटम नंबर पर सहमति दी है।

सीमा सिंह हालही में ‘खून पसीना’ का अलावे एह हफ्ता पांच गो फिलिम साइन कइले बाड़ी जवना में कोरियोग्राफर राम देवन के फिल्म ‘काली’ का अलावे ‘धमाल कईलऽ राजा जी’, ‘दामाद चाही फोकट में’ अउर ‘टाई’ फिलिम खास बाड़ी सँ. वइसे ‘टाई’ एगो हिंदी फिल्म ह जवना के निर्माण फेस्टिवल में भेजे खातिर कइल जा रहल बा.

‘धमाल कईल राजा जी’ में रवि किशन, ‘काली’ में आ ‘दामाद चाही फोकट में’ में विनय आनंद, ‘खून पसीना’ में दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, पवन सिंह, पाखी हेगड़े अउर मोनालिसा के खास भूमिका बा. जल्दिये रिलीज होखे जा रहल में सीमा सिंह पर फिल्मावल आयटम नंबर ‘हमारी जवानी मांगत बिया डबल मरद के जोर…’ आजुकाल्हु बहुते चरचा में बा. सीमा के सफलता के अंदाज एही से लगावल जा सकेला कि उनुका बिना आजुकाल्हु भोजपुरी फिलिम नइखे बनत.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..