फिलिम "बिगुल" के पहिला लुक जारी हो गइल

पहिला हाली बिकाइल भोजपुरी फिलिम ‘बिगुल’ के रीमेक राईट्स
सिनेमा भोजपुरी के इतिहास में पहिला हाली कवनो भोजपुरी फिलिम के रीमेक राइट्स रिलीज से पहिलहीं बिका गइल. आ ई भइल भोजपुरी फिलिम ‘बिगुल’ संगे. एह फिलिम के गुजराती में बनावे के अधिकार फिलिम के रिलीज से पहिलहीं बिका गइल. आ ई गुजराती राईट्स खरीदलसि गुजरात के जानल मानल फिल्म निर्माण कम्पनी आर.ए. फिल्म्स. कंपनी के सर्वेसर्वा रूपांग आचार्य बतवलें कि ऊ फिलिम ‘बिगुल’ के ट्रेलर देखलें त देखलें कि एह फिल्म में एगो यूनिवर्सल सब्जेक्ट बा ई विषय उत्तर प्रदेश, बिहारे ना बलुक गुजरात, पंजाब हर जगहा मौजूद बा.

फिल्म ‘बिगुल’ के गुजराती वर्जन के नाम अबहीं तय नइखे भइल बाकिर एहमें गुजराती सिनेमा के बड़का सितारा काम करीहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)(20 Aug 12)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..