"चिंगारी" फिलिम क पोस्ट प्रोडक्शन के काम शुरू
-

इंटरनेशनल टेलीविजन पर्सनालिटी कार्ल पिलकिंगस्टन भोजपुरी फिलिम में
हॉलीवुड स्टार वार्विक डेविस का बाद अब एगो अउर इंटरनेशनल टेलीविजन पर्सनालिटी कार्ल पिलकिंग्स्टनो भोजपुरी फिल्म ‘चिंगारी’ में नज़र अइहन. कार्ल पिलकिंग्स्टन इंटरनेशनल ट्रैवल शो ‘ईडिएट अबरोड ऑन स्काई’ से बहुते चरचा में आइल रहलें आ एह बदे उनुका बेस्ट प्रेजेंटर के अवार्डो मिलल रहे. एकरे अलावे ऊ साल 2010 में रिचर्ड बेकन्स के रेडियो-5 लाइव आफ्टरनून शोओ में काम कइले रहलें. ‘द रिकी ग्रेट वायस’ शो से कार्ल बहुते मशहूर भइलन. आ पिलकिंग्स्टन कॉमेडी शोओ से चरचा में अइलें आ इंग्लैण्ड में लोग उनुका के खूब सराहल.

‘चिंगारी’ फिल्म के निर्माण भारत के खुशी क्रियेशंस एण्ड कम्यूनिकेशन के श्रेय श्रीवास्तव आ हांगकांग के कंपनी सिटी इंटरटेनमेंट लिमिटेड के विकास राय मिल के करत बाड़ें. निर्देशक हउवें के॰डी॰ . ‘हैरी पोटर’ अउर ‘स्टार वार्स’ जइसन फिलिमन से चरचा में आइल हॉलीवुड स्टार वारविक डेविस एह फिलिम में बीबीसी रिपोर्टर बनल बाड़न जे पूरा कांड के सच्चाई दुनिया के बतावत बा. एह खातिर वारविक डेविस मुंबई आके फिल्म के शूटिंग में शामिल भइल रहन.

फिल्म के कैमरामैन मनोज कुमार, कहानी आ पटकथा लेखक श्रेय श्रीवास्तव, संवादलेखक वीरेन्द्र पाठक, आ संगीत वैष्णव देवा के बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts