पाखी हेगड़े खोलली फिल्म प्रोडक्शन आ इवेंट मैनेजमेंट कंपनी

भोजपुरी सिनेमा के न. 1 अभिनेत्री पाखी हेगड़े अब आपन प्रोडक्शन आ इवेंट मैनेजमेंट कंपनी खोल लिहले बाड़ी. पाखी के एह कंपनी के नाम ह “सेनूर इंटरटेनमेंट प्रा॰लि॰” आ एकरा बैनर में ऊ फिल्म आ धारावाहिक बनावे आ इवेंट मैनेजमेंट के काम करीहें.

पिछला दिने मुंबई के गोरगाँव में भोजपुरी सेलिब्रेटी क्रिकेट मैच के आयोजन करा के पाखी अपना कंपनी के शानदार आ भव्य लांचिंग कइली. उनुकर कहना बा कि “सेनूर” भोजपुरी फिलिमन के अउरी बड़हन मंच दिआवे के भरपुर प्रयास करी आ जल्दिये कुछ बड़हन भोजपुरी इंवेंटन के आयोजनो करीहें. कहली कि ऊ बॉलिवुडो के समारोहन के आयोजन करीहे.

पाखी के एह नया प्रयास के पूरा इंडस्ट्रीज का तरफ से शुभकामना बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत -बहुत बधाई पाखी जी केहू के नजर ना लगो .
    ओ.पी.अमृतांशु

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..