पापी के पाप धोवे आवत बाड़े बागी अजय


भोजपुरी फिल्मन के लोकप्रिय एक्शन स्टार अजय दीक्षित के जलवा जल्दिये उनुका तीन गो फिल्मन में देखे के मिली आ तीनो में उनुकर भूमिका अलग अलग बा. “बेटवा बाहुबली” जइसन सुपर हिट फिल्म से अपना कैरियर के शुरुवात करे वाला आ ओहि फिल्म खातिर सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेता के खिताब पावे वाला अजय दीक्षित के गिनती आजु के व्यस्त सितारन में कइल जा रहल बा. अजय दीक्षित के तीन गो फिल्म अप्रेल आ मई महीना में रिलीज होखे जा रहल बा जवना में पहिला बा आठ अप्रैल के रिलीज़ होखे वाली “करेंट मारे गोरिया”. एह फिल्म में ऊ एगो इमानदार पुलिस अधिकारी का भूमिका में बाड़े. कश्मीर का खुबसूरत वादियन में फिल्मावल एह फिल्म के नायिका बाड़ी महक मल्होत्रा. ओकरा बाद आई “पापी के पाप काहे गंगा धोये” जवना के नायिका बाड़ी गुंजन कपूर आ मई के आखिर में रिलीज होखी अजय दीक्षित के चर्चित फिल्म “बागी”.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।