संजय पांडे के नया रिकार्ड तीन हफ्ता में तीन फिल्म
-


पिछला दिने मुंबई में तीन हफ्ता का दौरान संजय पांडेय के तीन गो फिल्म रिलीज भइली सँ जवन अपना में एगो रिकार्ड बा खास कर मुंबई जइसन महानगर में. ११ मार्च के रिलीज “दरार” में पवन सिंह, अनिल सम्राट, मोनालिसा आ संजय पांडेय के खास भूमिका रहे आ दर्शक खूब पसन्द कइले. फेर १८ मार्च के रिलीज भइल “दिलजले”. एहमें निरहुआ आ रानी चटर्जी का साथ संजय पांडेय खलनायक बच्चा पांडे के भूमिका में बाड़े. फिल्म देख के लोग संजय पांडे के बधाई पर बधाई दे रहल बा. “दिलजले” के खलनायक बच्चा पांडे एगो दबंग नेता के किरदार ह जवना के लोग सलमान खान के “दबंग” वाला चुलबुलो पांडेय पर बीस पड़ल बा. संजयो पांडे के कहना बा कि एह घरी जब ऊ “बजरंग” के शूटिंग करत बाड़े तबहियो लोग के भीड़ उनुका बच्चा पांडेय वाली भूमिका के जबरदस्त तारीफ करत बा. तिसरा हफ्ते रिलीज भइल बा “आ जा ओढ़निया तान के” जवना में विराज भट्ट, छोटू छलिया आ संजय पांडे के मुख्य भुमिका बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts