पिछला तीन दिन से होत बरखा का चलते मौसम ठंढाइल

उत्तर प्रदेश के अनेके इलाका में पिछला तीन दिन से रुक रुक के होखत बरखा का चलते गरमी खतम हो गइल बा आ गोरखपुर का अगल बगल का इलाका में दिन के अधिकतम तापमान में २८ डिग्री के कमी दर्ज भइल बा. इहां ले कि सबले कम तापमानो में चार डिग्री के कमी आइल बा. बनारसो में तापमान में बहुते कमी भइल बा आ जानलेवा गरमी से मिलल राहत के लोग आननंद उठावत बा. अगिलो चौबीस घंटा में जँहे तँहे बरखा होखे के अंदाज लगवले बा मौसम विभाग.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।