अगिला आठ साल में बिहार का हर पंचायत में स्कूल खुल जाई

काल्हु पटना में मानव विकास मिशन के बइठक में बोलत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि बिहार के हर पंचायत में एगो स्कूल अगिला आठ साल का भीतर खोल दिहल जाई. सरकार के लक्ष्य बा कि अगिला चार साल में एक करोड़ लोग के कौशल में विकास करा दिहल जाई.

बइठक का बाद मुख्य सचिव अशोक कुमार सिन्हा कहलन कि हर प्रखंड में एक एक गो स्टेडियम बनावल जाई.

0 Comments

Recent Posts