पिछला तीन दिन से होत बरखा का चलते मौसम ठंढाइल
-

उत्तर प्रदेश के अनेके इलाका में पिछला तीन दिन से रुक रुक के होखत बरखा का चलते गरमी खतम हो गइल बा आ गोरखपुर का अगल बगल का इलाका में दिन के अधिकतम तापमान में २८ डिग्री के कमी दर्ज भइल बा. इहां ले कि सबले कम तापमानो में चार डिग्री के कमी आइल बा. बनारसो में तापमान में बहुते कमी भइल बा आ जानलेवा गरमी से मिलल राहत के लोग आननंद उठावत बा. अगिलो चौबीस घंटा में जँहे तँहे बरखा होखे के अंदाज लगवले बा मौसम विभाग.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts