पिछला साल टेस्ट से गैरहाजिर रहे वालन के एह साल टेस्ट ना देबे दिहल जाई

बिहार बोर्ड के फैसला बा कि जवन विद्यार्थी पिछला साल के मैट्रिक जाँच परीक्षा से गैरहाजिर रहलें ओह लोग के एह साल टेस्ट ना देबे दिहल जाई. आ जब टेस्ट ना दे पाई लोग त बोर्ड परीक्षा के फार्मो ना भर पाई आ ना ही मैट्रिक परीक्षा में शामिले हो पाई लोग. बोर्ड के एह फैसला से हजारन विद्यार्थियन के ठकुआ मार दिहले बा. ओह लोग के बुझात नइखे कि बोर्ड के एह तरह के फैसला से कइसे पार पाव लोग. कई विद्यार्थी एह चलते साल ड्राप कर देलें कि तइयारी पूरा ना रहे आ अगिला साल बढ़िया से तइयारी कर के परीक्षा में शामिल होखल चाहेलें. ई अधिकार विद्यार्थियन का लगे रहे के चाहीं काहे कि ऊ अपने एक साल बरबाद कर के ई फैसला लेबे लें. माध्यमिक शिक्षक संघो एह मामिला में पुनर्विचार के अपील कइले बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..