साढ़े चार लाख मास्टरन के बहाली होखी
-

शिक्षा के अधिकार कानून के लागू करावे खातिर केन्द्र सरकार राज्यन के शिक्षक बहाल करे के मंजूरी दे दिहलसि. सबले बेसी, एक लाख चौंसठ हजार, मास्टर यूपी में बहाल होखीहें. बिहार के संतावन हजार नौ सौ तिरेसठ शिक्षक बहाल करे के मंजूरी मिलल बा. एकरा अलावा अलग से एक लाख तेरह हजार शारीरिक शिक्षक कुल्हि राज्यन में मिला के बहाल होखीहें.
एह मास्टरन पर होखे वाला खरचा के पैंसठ फीसदी केन्द्र सरकार दीहि आ बाकी खरच राज्य सरकार पर पड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts