पीएम मोदी दुनिया के दिहलन भारत के संदेश

पीएम मोदी आजु स्वीट्जरलैण्ड का दावोस में होखत वर्ल्ड एकॉनॉमिक फोरम के सालाना बइठक में मुख्य संबोधन देत बतवलन कि डेमोक्रेसी, डेमोग्राफी आ डाइनामिज्म का सहारे आपन डेवलेपमेंट के ड्रीम पूरा करत अपना लोग के डेस्टिनी बनावे का राह पर चल निकलल बा. लाल फीताशाही का जगहा अप लाल कालीन बिछावल स्वागत करत बा भारत.
पीएम मोदी बतवलन कि सबका साथ सबका विकास उनुका सरकार के ध्येय वाक्य ह आ असल विकास सभका के साथे लिहला बिना ना हो सके. कहलन कि दुनिया में आजु के अनिश्चितता वाला माहौल में विश्वास जोग, स्थिर, पारदर्शी आ विकास का राहि प चलत भारत एगो बढ़िया खबर बन गइल बा.
कहलन कि दुनिया के बढ़न्ती ला शान्ति, सुरक्षा आ स्थायित्व ले आवल जरुरी बा. आजु का युग में तकनीक के महत्व बहुआयामी बन गइल बा आ ई हमनी के जिनिगी के हर अंग पर आपन असर डालत बा. ओहिजे आतंकवाद आ जलवायु परिवर्तन बड़हन चिन्ता के बाति बा. आतंकवाद त अपनहीं में खतरनाक होला आ ओह पर से बढ़िया आ खराब आतंकवाद के वर्गीकरण अउरी खतरनाक बाति बा.
आजु दुनिया सिमटल जात बा आ वैश्वीकरण के व्यापकता बढ़ल जात बा. दुनिया के नेतृत्व के गोहार करत पीएम मोदी के कहना रहल कि आईं आजादी के स्वर्ग बनावल जाव जहाँ सहयोग होखे, बिलगाव ना. अगर सुखद स्वास्थ्य आ समहर समृद्धि का साथे संपति अर्जित करे के बा त भारत आईं.
भारत के वसुधैव कुटुम्बकम के नीति आजु का समय में अउरी माने जोग हो गइल बा जवना सहारे दुनिया में पसरल बिलगाव के कम कइल जा सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *