दावोस में पीएम मोदी

विश्व आर्थिक मंच के सालाना सभा के संबोधित करे दावोस चहुँपल पीएम मोदी काल्हु दिनभर अनेके बइठकन में शामिल हो के देश के हित पोढ़ करे वाला विचार विमर्श कइलन. स्विट्जरलैण्ड के दावोस में आजु ऊ वर्ल्ड एकॉनामिक फोरम के 48 वाँ सालाना जलसा के संबोधित करीहें. देश से कवनो प्रधान मंत्री कई युग का बाद एह मंच में शामिल होखे आइल बाड़ें. एहसे पहिले देवेगौडा आइल रहलें बाकिर उनुकर मकसद अपना परिवार का साथे सैर सपाटा कइल अधिका रहुवे देश के आर्थिक चिंता कम.
सोमार का दिने पीएम मोदी स्विट्जरलैण्ड के राष्ट्रपति एलेन बर्सेट से भेंट कइलें आ दुनु देश के आपसी संबंध पोढ़ करे प बतियवलें.
दुनिया भर से जुटल उद्योगपतियन का साथे बइठक कररत पीएमम मोदी भारत के वाकास गाथा सुनवलें आ कहलें कि भारत व्यापार व्यवसाय पर पूरा जोर दे रहल बा आ दुनिया भर से उद्योग व्यवसायन ला एगो मजगर देश बन गइल बा. एह अवसर से दुनिया के उद्योग नीकहा फायदा ले सकेलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..