प्रवेशलाल के ‘हीरो’ 7 सितम्बर से मुम्बई में

बिहार आ यूपी में रिकॉर्ड बनावत शानदार सफलता पइला का बाद एक्शन स्टार प्रवेशलाल यादव के फिलिम ‘हीरो’ अब 7 सितंबर से मुम्बई के सिनेमाघरन में धमाल मचावे वाली बा. प्रवेशलाल यादव के बेहतरीन अदाकारी आ शानदार एक्शन स्टंट्स से सजल एह फिलिम के मुंबइओ में बिहार, झारखंड आ उत्तर प्रदेशे जइसन बंपर व्यवसाय होखे के उमेद बा.

हीरो में प्रवेशलाल यादव, शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, जे. नीलम, प्रकाश जैस, अयाज खान, सीमा सिंह आ सत्यप्रकाश के खास भूमिका बा, निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा.लि. के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्माता-निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी, संगीतकार राजेश रजनीश, अउर गीतकार प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ बिपीन बहार हउवें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments