भोजपुरी के स्टार नायिका रानी चटर्जी
-

सिनेमा भोजपुरी में स्टार नायकन के नाम के कतार लाग जाई बाकिर स्टार नायिका खातिर जेहन में बस एके नाम आई रानी चटर्जी के. रानी चटर्जी भोजपुरी के अकेला नायिका हई जे अपना दम पर दर्शकन के सिनेमाघर ले खींच ले आवेली आ उनुकर हर फिल्म बॉक्स ऑफिस पर सुपरहिट साबित होले.

सिनेमा भोजपुरी के तिसरका दौर के अकेला गोल्डन जुबली फिल्म ‘ससुरा बड़ा पइसा वाला’ से भोजपुरी परदा पर एन्ट्री मारे वाली रानी चटर्जी अबले दू दर्जन से बेसी सुपरहिट फिल्म दिहले बाड़ी. रानी चटर्जी के हर वर्ग के दर्शक पसंद करेलें. रानी ‘गंगा मईया तोहे चुनरी चढ़इबो’, ‘छोटकी दुल्हन’, ‘मुन्नीबाई नौटंकीवाली’, ‘फूल बनल अंगार’, ‘दामिनी’, ‘दुर्गा’ जइसन महिला प्रधान फिलिमन से दर्शकन के दिल जीत लिहले बाड़ी, सिनेमा भोजपुरी के तकरीबन हर स्टार नायक का साथे रानी हिट फिलिम दिहले बाड़ी. कुछ नयको नायक वाला फिलिमो के रानी हिट करा दिहले बाड़ी. रानी के तुलना फिल्म इंडस्ट्री में हिन्दी सिनेमा के प्रतिभाशाली नायिका सभे जइसे कि रेखा, श्रीदेवी, स्मिता पाटिल आ विद्या बालन से कइल जाला आ रानी के बरोबरी के दरजा दिहल जाला.

पिछला नौ साल से सिनेमा भोजपुरी के रानी रहल रानी चटर्जी अपना सफलता के पूरा श्रेय दर्शकन से मिलल प्यार के देली. रानी कहेली कि उनुका ला नंबर गेम आ अवार्डो ले बढ़ के दर्शकन के प्यार बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

3 Comments

  1. ritesh

    hallo mai bhojpuri film me kaam karna chahta hun .mera mobile no..8434487405

    Reply
  2. ratanyadav62@yahoo.com

    हाय हमार नाम रतन लाल यादव बा हम उत्तर प्रदेश जौनपुर क रहय वाला बाई हम कइ एल्बम और फिल्म कइले बाइ पर हमरा के कऊनौ मौका नाय मिलल और हम मुम्बई मेँ आईल बानी हमरा के एक मौका देदा हमार मोबाइल नं 9833260404 बा त जरुर फोन करा { धन्यवाद }

    Reply
  3. krishna sharma

    हाय हमार नाम KRISHNA KANHAIYA SHARMA बा हम उत्तर प्रदेश GONDA क रहय वाला बाई हमरा के एक मौका देदा हमार मोबाइल नं 9161945051 बा त जरुर फोन करा { धन्यवाद }

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts