प्रीत के गीत हरदम सुनाइले हम

लव कान्त सिंह

बा अन्हरिया कबो त अंजोरिया कबोlav-singh
जिनगी में घाम बा त बदरिया कबो

प्रेम रोकला से रुकी ना दुनिया से अब
होला गोर से भी छोट चदरिया कबो

उजर धब-धब बा कपड़ा बहुत लोग के
दिल के पहचान हो जाला करिया कबो

मिले आजा तू बंधन सब तुड़ के
जईसे नदी से मिलेले दरिया कबो

प्रीत के गीत हरदम सुनाइले हम
दिल के खोलs तुहूँ केंवरिया कबो

दिल में राखब राधा बनाके तोहे
तुहूँ मानs “लव” के संवरिया कबो

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।