आन्हर घुमची

 

33a जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

 

घेंटा मिमोरत

तोड़त – जोड़त

आपन –आपन गायन

अपने अभिनन्दन

समझवनी के बेसुरा सुर

बिना साज के

संगीत साधना .

 

झाड़ झंखाड़ से भरल

उबड़ खाबड़ बंजर जमीन

ओकर करेजा फारत

फेरु निकसत

कटइली झाड़

लरछे-लरछे लटकल पाकल

लाल टहक घुमची

अपने गुमाने आन्हर

दगहिल घुमची .

 

देखलो पर

अनदेखी करत

अनासे शान बघारत

बरियारी आँख देखावत

अनेरे तिकवत

बिखियायिल मुसुकी मारत

औंधे मुँह

धूरी में सउनाइल धुमची

 

 

 

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..