फरार टूलिप सिंह लगवली यौन शोषण के आरोप

अहमदाबाद पुलिस में दायर एगो मुक़दमा में फरार चलत अभिनेत्री टूलिप सिंह हालही में मुंबई के एगो अंगरेजी दैनिक के दिहल अपना साक्षात्कार में अहमदाबाद के ओह ज्वेलर्स पर यौन शोषण के आरोप लगवले बाड़ी जवन उनुका खिलाफ ढ़ाई करोड़ के गहना के हेरा फेरी के मामिला दर्ज करवले बा. एह मामिला में एगो सह आरोपी बनल निर्माता रमण नैयर पुलिस गिरफ्त में बाड़े जबकि टूलिप सिंह फरार बाड़ी.

टुलिप के कहना बा कि ओह ज्वेलर्स के मालिक से उनुकर शारीरिक संबंध रहुवे आ दू हाली उनकर पेटो गिरावल गइल. कहले बाड़ी कि उनका दू गो फिलिम में के.के.ज्वेलर्स के मालिक पइसा लगवले रहलें आ बाद में ओह फिल्म से जुड़ल अउरीओ लड़िकियन से नाजायज सम्बन्ध बनावल चाहत रहलें,

जौनपुर के रहे वाली पुर्णिमा कृष्णा अभिषेक संगे अनिल सम्राट के फिल्म “दे दे पिरितिया उधार” से भोजपुरी सिनेमा में उतरल रही. बाद में ढेर दिन ले सिनेमा जगत से गायब रहला का बाद पुर्णिमा अचानक अपना नया नाम टुलिप सिंह का साथे सामने अइली आ अपना पार्टनर रमण नैयर संगे जलाराम प्रोडक्शन के बैनर तर पांच गो फिलिम बनावे के एलान कइली. पहिला रहल रवि किशन संगे “धमाल कईलऽ राजा”, विनय आनद संगे “दूल्हा और काली”, पवन सिंह संगे “राजपूत पवन सिंह” आ दू गो अउरियो फिलिम रहली सँ एह सूची में. एह पाँच में से सिर्फ एगो फिलिम के शूटिंग पूरा भइल बा आ अब के.के. ज्वेलर्स के मामला का बाद से ऊ फरार हो गइल बाड़ी.

अब टूलिप सिंह के एह बयान का बाद मामिला में नया मोड़ आ गइल बा बाकिर साँच का ह ई पता चले में त अबहीं बहुते पेंच लागत बा. देखल जाव के सही कहत बा, टूलिप सिंह कि के.के. ज्वेल्लेर्स के मालिक?


(एगो अनाम स्रोत से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..