विनय आनंद फेरु गाना गवलन
-

भोजपुरी स्टार विनय आनंद अब गायको बन गइल बाड़न आ लगातार अपना फिलिमन में गाना गावत बाड़न. हालही में विनय आनन्द निर्देशक हरीश जायसवाल आ श्रीधर शेट्टी क फिल्म ‘कजरा मोहब्बतवाला’ खातिर मुंबई के स्वरलता स्टूडियो में गाना गवलन जवना के बोल रहल ‘दुनिया के बटलू हमरा के डाटलू, ठीक ना कईलू…’ एह मौका पर विनय आनन्द आ निर्माता हरीश जायसवाल के बधाई देबे ला इण्डस्ट्री के अनेके दिग्गज मौजूद रहलें.

पी.जे. फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनत एह फिल्म खातिर निर्माता हरीश जायसवाल भोजपुरी मानसिकता का हिसाब से संगीतकार राकेश त्रिवेदी से उम्दा संगीत तइयार करवले बाड़े. एह फिल्म में नव गो गाना बा जवना के राकेश निराला लिखले बाड़े. एह गाना के बोल बावे ‘राजा जी ज़रा संभल के..’, ‘फिट बाटे हीटर…..’, ‘दुनिया के बटलू हमरा के डाटलू…’ आ ‘ना मनबू त सटा देब कट्टा…’ लोग का जुबान पर चढ़ गइल बा..एह फिल्म के संगीत हालही में एह क्षेत्र में उतरल कंपनी पी.जे. म्यूजिक जारी कइले बावे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts