फलक पूछऽतारी 'हमरो पिरितिया भूल काहे गइलऽ'

हर साल दर्जनो कलाकार भोजपुरी सिनेमा में आपन किस्मत चमकावे के सपना लिहले मुंबई आवेलें आ एकाध के छोड़ सगरी बिला जालें एह मायानगरी में. कुछ लोग मेहनत आ आत्म विश्वास क दम पर आपन जगहा बना लेलें. अइसने कुछेक में से बाड़ी नवयौवना फलक जे अबहीं अपना पहिलका फिलिम ‘हमरो पिरितिया भूल काहे गइलऽ’ के शूटिंग करत बाड़ि बाकिर चरचा सगरी उद्योग में होखे लागल बा.

कैमूर फिल्म्स के बैनर तले बनत निर्माता राज सिंह के एह प्रेम कहानी के निर्देशक हउवें रविन्द्र सिंह. फलक के किरदार गाँव के अल्हड़ किशोरी के बा जे शुरू में दुनिया के उठा- पटक से बिलकुल बेपरवाह बिया बाकिर एगो अइसनो समय आवत बा जब ओकर अरमान आसमान से गिर के जमीन पर छीटा जात बा. फलक फेर कइसे आपन जिनिगी सँवारत बिया ? ई देखे खातिर अबकी का गर्मी का छुट्टी में सिनेमाघर में जाके ई फ़िलिम देखे के पड़ी.

एह फिलिम का अलावा फलक तीन गो अउरी फिलिमन में बतौर मुख्य नायिका नज़र आवे वाली बाड़ी.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।