नेपाल के राष्ट्रपति के भतीजा सुधीर यादव फिलिम बनइहें
-

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर सिनेमैटोग्राफर, लेखक आ निर्देशक एस० कुमार अब नेपालीओ फिल्म के निर्देशन करीहें.

अपना मातृभूमि के धरोहर दुनिया का सोझा परोसे खातिर फिल्म निर्माता बनल सुधीर यादव अपना फिल्म के निर्देशन के जिम्मेदारी एस कुमार के दिहले बाड़न. सुधीर यादव नेपाल के राष्ट्रपति रामबरन यादव के भतीजा हउवन आ नेपाली संस्कृति पर फिल्म बनावे जात बाड़न.

एस कुमार के कहना बा कि सुधीर यादव बहुते सुलझल मनई, देश प्रेमी, आ कर्मठ व्यक्तित्व के धनी हउवन. उनुका अपना देश से बहुते प्रेम बा आ उमेद बा कि नेपाली फ़िल्म बनावे के मामिला में ऊ मील के पत्थर साबित होखीहें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts