फूल बनल अंगार के शूटिंग जारी बा


लेखक निर्देशक फहीम खान के भोजपुरी फिल्म “फूल बनल अंगार” के शूटिंग आजुकाल्हु गुजरात के राजपिपला में चल रहल बा. एह महिला प्रधान एक्शन फिल्म में रानी शोलो पहिला बेर नजर आवे वाली बाड़ी. मारधाड़ आ कॉमेडी से भरपूर एह फिल्म देख के सत्तर के दशक के सिनेमा याद आ जाई. फिल्म के निर्माता अविनाश तिवारी, गीतकार संगीतकार पवन मिश्रा, नृत्य निर्देशन रामदेवन, फाईट गब्बर सिंह के आ कैमरा श्यामल दा के बा. रानी चटर्जी, गोपाल राय, बिपिन सिंह, दीपक भरियाला, पूर्णिमा राय, सीमा सिंह वगैरह एकर मुख्य कलाकार बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।